पान भण्डार एगो लघु संसद होला : मनोज तिवारी

by | Jun 30, 2010 | 0 comments

पान के दूकान के लघु संसद कहल जाला जहाँ हर मुद्दा पर चरचा होखेला. मोहल्ला के टपोरी से ले के रईसजादन के हकीकतो एही पान भण्डार पर बयान होले. पान के दूकान के अइसने कई गो सच्चाई भोजपुरी फिल्म यादव पान भण्डार में देखावल जाई. एह फिल्म में भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी पहिला बेर एगो पनवाड़ी के किरदार कर रहल बाड़े.


यादव पान भण्डार के निर्माण भोजपुरी सिनेमा के मधुर भंडारकर कहल जाये वाला प्रस्तुतकर्ता जितेश दूबे कइले बाड़न. फिल्म के नायिका बाड़ी भोजपुरी सिनेमा के काजोल गुंजन पंत. निर्देशक हउवें अजय कुमार.

एह फिल्म से मनोज तिवारी बहुते उत्साहित बाड़न. कहेले कि पान के दूकान पर जमे वाला लघू संसद में उहो बइठल बाड़े. ऊ एकरा के एगो जुनून के संज्ञा दिहले आ कहले कि जब मालूम भइल कि जितेश दूबे उनका के ले के यादव पान भण्डार बनावल चाहत बाड़न त मनोज तिवारी एकदमे चउँक गइले. कहले कि पान का दूकान पर माफिया से ले के राहगीर तक सभे आवेला आ अपना जिनिगी के मुसीबत झेलत पनवाड़ी ओह लोग के पान खिया के खुश होला. पहिला बेर कवनो पनवाड़ी का जिनगी पर सिनेमा बन रहल बा.

यादव पान भण्डार के शूटिंग वास्तविक लोकेशन से ले के मुंबई तक चल रहल बा. फिल्म में एक से बढ़ के एक गाना बा, एक्शन बा, रोमांसो बा. एगो गाना पान का खासियतो पर बाटे. फिल्म में मनोज तिवारी, गुंजन पंत, संजय पांडे, बृजेश त्रिपाठी आ विकास सिंह खास भूमिका में बाड़न जा.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह )

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up