चर्चित अभिनेत्री पायल सेठ अभी हाल ही में नाथ फिल्म्स प्रोडक्शन के भोजपुरी फिलिम “जवानी जिन्दाबाद” के बीस दिन के शूटिंग खतम कइली ह. एह फिलिम में पहिला बेर पायल सेठ आ उड़िया सिनेस्टार गौरव झा एकस साथे रोमांटिक जोड़ी का रूप में सिनेमा के रूपहला परदा प सिनेप्रेमियन के मनोरंजन करे आवत बाड़े. पायल सेठ एह फिलिम में एगो चुलबुल आ निडर लड़िकी के किरदार निभावत बाड़ी.
(रामचंद्र यादव)
174 total views, 1 views today