ManojPandey-at-premierपिछला हफ्ता एक्शन स्टार मनोज पाण्डैय के फिलिम “प्यार हो के रही” के प्रीमियर शो धूमधाम से मुंबई के नवरंग थिएटर में भइल आ एकरा साथ ही पूरा भइल निर्देशक महमूद आलम के सपना कि कब उनकर फिलिम रिलीज होखी. बतवलन कि फिलिम मुंबई आ गुजरात के पचास गो सिनेमाघर में हाउसफुल चलत बिया आ जल्दिए उ अपना दुसरकी फिलिम “आ गले लग जा” के शूटिंग शुरू करीहें.

एह मौका पर मनोज पाण्डेय कहलन कि ई फिलिम साल २०१४ के उनुकर सबले बढ़िया फिलिम ह जवना में एक्टिंग क के उ बहुते खुश बाड़न. फिलिम के दर्शकन के माँग प निर्माता प्रवीण कुमार एह फिलिम के सिक्वल राजा हिन्दुस्तानी नाम से बनावे के एलान कइलन आ कहलन कि एहु फिलिम के नायक मनोज पाण्डेय रहीहें.

“प्यार हो के रही” अब बिहार में रिलीज होखे वाली बा.


ए. डी. आर. एस. एन्टरटेनमेंट के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ‘प्यार होके रही’ के ट्रेलर


(संजय भूषण पटियाला)

 261 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: