Pratigya-2-poster
ढेर दिन के इंतजार का बाद भोजपुरी फ़िलिम जगत के बहुचर्चित फ़िलिम “प्रतिज्ञा २” के पहिला झलक जारी हो गइल बा.

सी पी आई मूवीज (सुजीत तिवारी) के परोसल आ जय माँ आकस्मिनी बैनर में बनल एह फिलिम के निर्देशक हउवें सुशील कुमार उपाध्याय. निर्माता हउवें संजय यादव, हर्ष तिवारी अउर अभिषेक तिवारी आ कार्यकारी निर्माता हउवें इंद्रजीत शर्मा. प्रोजेक्ट डिजाइनर अनंजय रघुराज.

भोजपुरी के एह पहिलका सिक्वल “प्रतिज्ञा २” के मुख्य किरदारन में शामिल बाड़ें सुपर स्टार पवन सिंह, खेसारी लाल यादव, अनिल सम्राट, अक्षरा सिंह, स्मृति सिन्हा, काजल राघवानी, सुशील सिंह, संजय यादव, प्रकाश जैस, दिलीप सिन्हा, विष्णु शंकर बेलू, बालगोविंद, माया यादव वगैरह.

जान जाईं जे “प्रतिज्ञा” के गिनिती भोजपुरी के अबले के सबले बड़हन हिट फिलिमन मे होखेला.खुद निर्देशक सुशील उपाध्याय के कहना ह कि “प्रतिज्ञा २” उनुका फिलिम “प्रतिज्ञा” से कई गुना बेहतर बा. सी पी आई मूवीज के सुजीत तिवारी के कहना बा कि प्रतिज्ञा २ में उ हर रंग बा जेकरा के देखल दर्शक पसंद करेलें.

गाना अतना बढ़िया बाड़ी सँ कि सुनेवाला के दिल पर राज करीहे सँ. दुईए बरीस में दू दर्जन भोजपुरी फिलिम परोस चुकल सी पी आई मूवीज एकरा निर्माणो से जुडल रहे. फिलिम जल्दिए दर्शकन का सोझा होखी.


(उदय भगत)

 261 total views,  4 views today

By Editor

%d bloggers like this: