भोजपुरी सुपरस्टार दिनेशलाल यादव के पचासवीं फिलिम ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ अब रिलीज ला तइयार बा.
पिछला दिने एह फिलिम के ट्रेलर यूट्यूब प जारी क दिहल गइल बा.
निरहुआ इंटरटेनमेंट आ राहुल खान प्रोडक्शनस् के बैनर तर बनल आ निर्माता प्रवेशलाल यादव अउर राहुल खान के एह फिलिम में निरहुआ संगे नया नायिका बनल बाड़ी आम्रपाली आ साथे बाड़न संजय पाण्डेय, अयाज खान, किरण यादव, संजय वर्मा, आशा शर्मा, संजय, गोपाल राय, रत्नेश, अउर पाखी हेगड़े.
निर्देशन के कमान सतीश जैन सम्हरले बाड़न. गीतकार प्यारेलाल यादव आ संगीतकार राजेश-रजनीश हउवन.
एह फिलिम ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ में निरहुआ के केन्द्रीय भूमिका बा.
(प्रशान्त-निशान्त)
357 total views, 5 views today