PriyankaPanditसाल २०१३ के सबले हिट फिलिमन में शामिल रहल निर्देशक राज कुमार आर पाण्डेय के फिलिम “जीना तेरी गली में”. आ एही फिलिम से अपना अभिनय कैरियर के शुरुआत करे वाली अभिनेत्री प्रियंका पंडित के साल २०१३ के सर्वश्रेष्ठ नवोदित अभिनेत्री के अवार्ड से सम्मानित कइल गइल बा.

कांदिवली में आयोजित प्रेस मीडिया अवार्ड समारोह में उनुका के फ़िल्मी दिग्गजन के मौजूदगी में एह अवार्ड से सम्मानित कइल गइल.

मूल रुप से उत्तर प्रदेश के बाकिर गुजरात में पलाइल बढ़ल प्रियंका अपना अभिनय के शुरुआत गुजराती फिलिमन से कइले रही. अनेके गुजराती फिलिमन में अपना अदाकारी से दर्शकन के मन मोह लेबे वाली प्रियंका आखिरकार अपना माईभासा भोजपुरी के रुख कइली आ अपना पहिलके भोजपुरी फिलिम ला सम्मानितो भइली.

सिरिफ बढ़िए फिलिम करे के विचार राखे वाली प्रियंका जल्दिए निर्देशक अरविन्द चौबे के फिलिम “जानेमन” में लउकीहें. एह फिलिम में उनका साथे होखीहें खेसारी लाल यादव आ विराज भट्ट. एह फिलिम के अलावहू प्रियंका दू गो अउर बड़ फिलिम साइन कइले बाड़ी.

बहरहाल, अपना पहिलके फिलिम से दर्शकन के दिल जीतेवाली प्रियंका के ढेरो शुभकामना.


(उदय भगत)
(३१ दिसंबर १३)

 123 total views,  1 views today

By Editor

%d bloggers like this: