PremVidrohi-SeemaSinghवइसे त डांसिंग डॉल सीमा सिंह अपना ठुमका आ लटक झटकां से नीमन नीमन लोग के होश उड़वले बाड़ी बाकिर अबकी जवना तरीका से होश उड़ावे आवत बाड़ी ओहसे प्रेम के विरोध करे वाला लोग सावधान हो जाव. काहे कि प्रेम के विरोध करे वालन का खिलाफ ‘प्रेम विद्रोही’ बन के अइहन सीमा सिंह.

एह फिलिम के निर्माता अन्जनी कुमार उपाध्याय आ संजय कटियार, लेखक-निर्देशक सनोज मिश्रा, संगीतकार विष्णु मिश्रा, आ सह-निर्माता उषा शुक्ला, के.के. पाण्डे, विजय मिश्रा अउर प्रतिमा राजेन्द्र सचान हउवे.

मुख्य कलाकारन में शामिल बाड़े भोजपुरी के सुपर स्टार रवि किशन, नवोदित अभिनेत्री प्रतीक्षा, सुरेन्द्र पाल, पुष्पा वर्मा, अनिल सिंह, उपेन्द्र चौधरी अउर अवधेश मिश्रा.

वइसे जाने जोग बात इहो बा कि सीमा सिंह अकेला आयटम क्वीन हई जे भोजपुरी का साथही बंगाली, मराठी, हिन्दी आ दक्षिण भारतीय फिलिमो में आयटम नम्बर पेश कइले बाड़ी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: