MohiniGhoshबंगला फिलिमन मे काम कइला का बाद मोहिनी घोष भोजपुरी फिलिमन में आइळ बाड़ी. चउवालीस बंगला फिलिमन में काम क चुकल मोहिनी घोष बचपने से अभिनय का दुनिया में बाड़ी.

मोहिनी ‘एक नई सुबह थी’ नाम के हिंदी फिल्मो मे काम कइले रही जवना के इंटरनेशनल अवार्ड मिलल रहे. साल २०१० में मोहिनी के मिस अपरूपा के ख़िताब से नवाजल गइल रहे आ साल २०११ में मिस कोलकत्ता के अवार्ड से. साल २०११ में मोहिनी के तीन गो अउरी अवार्ड मिलल रहे, मिस जोवियल स्माइल, मिस स्पार्किंग आईज आ मिस ब्यूटीफुल लेग के.

एकरा बाद मोहिनी डायरेक्शन के पढाई कइली, कुछ सीरियल बनवली वगैरह. बहुते स्टार मोहिनी से जरेले.

मोहिनी के भोजपुरी फिलिमन का ओर ले आवे के श्रेय बा ममता पाण्डेय के जिनका के मोहिनी आपन गॉड मदर मानेली. मोहिनी के भोजपुरी फ़िलिम “दिल हो गइल कुर्बान” लोग के बहुत पसंद आइल रहुवे. उनकर फिलिम “राजा” के शूटिंग होखे वाला बा.

मोहिनी के फिलिम ‘प्यार में’ के निर्माता हई विद्या गांधी आ ‘कइसे हो जाला प्यार’ के मनोज गिरी. मोहिनी के अनेके बंगला फिलिम सुपरहिट भ५ल बाड़ी सँ जइसे कि प्रतिबाद, जिंदाबाद, सपने देखा राज कन्या वगैरह.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: