SeemaSingh-whitebraभोजपुरी सिनेमा के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के नजर एह घरी बंगला प गड़ल बा आ कहतारी कि “नजर लागे राजा तोहरे बंगले पे”.

बतावे के जरुरत नइखे कि बात फिलिम के होखत बा. पिछला दिने सीमा सिंह “नजर लागे राजा तोहरे बंगले पे” के शूटिंग पूरा क लिहली. सीमा के कहना बा कि जवना बोल पर उनकर आयटम नंबर बा तवना के सुनते ऊ चिहुँक गइल रही. बोल हवे “दिलवाले दुलहनिया ले जायेंगे” एह बोले के सुनते सीमा सिंह के याद पड़ गइल शाहरूख खान आ काजोल के फिलिम के जवना के इहे नाम रहे.

सीमा के कहना बा कि दर्शक एह आयटम नंबर के खूब पसंद करीहें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: