निर्माता, संगीतकार आ निर्देशको विनय बिहारी, जे विधायको हउवन, के फिलिम “प्यार मोहब्ब्त जिंदाबाद” के शूटिंग बिहार के राजगीर में पिछला दिने अनेके खासमखास लोग का मौजूदगी में करावल गइल.
सीन रहल “प्यार मोहब्ब्त जिंदाबाद” में रुकावट आ अड़चन पैदा करे वाला निर्दयी खलपुरूष ज्वाला चौधरी (बिपिन सिंह) के मरला का बाद खुशी मनावत पवन सिंह, पाखी हेगड़े के साथे विधायकनो के शामिल होखे के आ “प्यार मोहब्ब्त जिंदाबाद” के नारा देके फिलिम के खुशी भरल समपान के.
एह सीन के बखूबी अपना कैमरे में कैद कइले प्रमोद आ बखूबी सँवरले निर्देशक विनय बिहारी. दिलीप यादव फाइट सम्हरले त नचवाए के जिम्मा रहल कानू मुखर्जी के.
फ़िलिम के गाना सुने में बहुते बढ़िया बाड़ी स. परोसीहे आदि शक्ति एंटरटेनमेंट आ अमरेन्द्र.
मुख्य कलाकारन में पवन सिंह, पाखी हेगड़े, बिपिन सिंह, शाहिद समस, अंजना सिंह शामिल बाड़े.
(भोजवुड न्यूज)
242 total views, 1 views today