सिनेमा भोजपुरी के जुबिली स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ एगो बेरोजगार नवही के भूमिका में फिलिम ‘इज्जत’ में नजर अइहें जवन पुलिस में भरती खातिर तइयारी करे में लागल बा. ऊ अपना समाज के बुराईयन से लड़त एह फिलिम में बलातकारियन का खिलाफ आवाज बुलंद करत मजर अइहें. निरहुआ के एगो खास डायलाग सुने के मिली एह फिलिम में ‘केहु के इज्जत पर हाथ डलबऽ त मार के मुआ देब’.
निरहुआ के नायिका बाड़ी हॉट गर्ल मोनालिसा. फिलिम में निरहुआ एक से बढ़के एक एक्शन स्टंट करत नजर अइहें.
निर्माता मनोज कुमार चौधरी आ निदेशक बाली हउवें.
(प्रशांत निशांत)
246 total views, 2 views today