राम मिश्रा क्रियेशन के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिलिम “बहुरानी” के मुहुर्त पिछला दिने मुंबई के चार म्हाडा के स्टूडियो में धूमधाम से कइळ गइल.
एकर निर्माता शिवप्रकाश सरोज, निर्देशक पराग पाटिल, लेखक शिव प्रकाश सरोज, संगीतकार राम प्रवेश, गीतकार एस के चौहान आ शिव प्रकाश, छायाकार जगमिंदर सिंह अउर नृत्य निर्देशक अशोक मयंक हउवें.
केन्द्रीय भूमिका में शुभम तिवारी, अंजना सिंह, आदित्य मोहन, पूनम दूबे, वीरेन्द्र चौहान *निरहू*, राम मिश्रा, अलिया अली, कामना सिंह, बबलू यादव, सुनीता सिंह, रोहित राज अउर बालेश्वर सिंह रहीहें.
मुहुर्त का मौका प मनोज टाईगर, संजय पाण्डेय, अवधेश मिश्रा, के के गोस्वामी, दीपक शाह, यश मिश्रा, फारूख सिद्दकी, असलम शेख, आनंद डी गहतराज, राकेश त्रिपाठी, साहिल शेख, उदय भगत, अयाज खान, चंदेल, अशोक सिन्हा, संजय भूषण पटियाला, दिनेश यादव वगैरह समेत अनेके खासमखास लोग मौजूद रहुवे.
(रामचंद्र यादव)
213 total views, 1 views today