BaajGayel Dankaदुर्गा फिल्म्स प्रोडक्शन के भोजपुरी फिलिम ‘बाज गईल डंका’ के शानदार संगीत मुहूर्त पिछला दिने एम फॉर यू रिकार्डिंग स्टूडियो में मधुकर आनंद के संगीत निर्देशन में पवन सिंह के गावल गीत रिकार्ड करा के कइल गइल.

एह मौका प तीन गो गीत रिकार्ड भइल. दुसरका रहे युगल गीत जवन पवन सिंह आ इंदु सोनाली के आवाज में रिकार्ड भइल जबकि तिसरका गीत प्रतिभा पाडेय आ अनामिका सिंह गवली.

एह फिलिम में कुल नौ गाना बा. गीतकार हउवें प्यारेलाल यादव, प्रदीप पांडेय, आर.आर. पंकज आ रवि भूषण. फिलिम पेश करीहें सुनीला मिश्रा, बनइहें संजय कुमार मिश्रा आ लेखन निर्देशन रही रवि भूषण के.

बिहार आ नेपाल के सीमांत इलाका में अपहरण आ असलहा तस्करी के कहानी प बनत एह एक्शन थ्रिलर में पवन सिंह आ विराज भट्ट मुख्य नायक बाड़ें, पवन पुलिस इन्स्पेक्टर बनल बाड़े त विराज भट्ट एस.पी.. बाद में हालात का चलते विराज के ‘कम्पलसरी रिटायरमेंट’ लेबे पड़त बा. ओकरा बाद दुनू जने मिल के अनाचार आ अनैतिकता के खात्मा करत बाड़ें.

फिलिम के शूटिंग अगिला 9 फरवरी, 2014 से मुंबई आ अगल बगल के खूबसूरत लोकेशनन प कइल जाई.

पवन सिंह आ विराज भट्टा का अलावे रहीहें स्मृति सिन्हा, नवोदित शिखा मिश्रा, सोम भूषण, नेपाली कलाकर सुनील थापा, आनंद मोहन, माया यादव, अजय कुमार ‘मिंटू’ अउर अवधेश मिश्रा.

मुहूर्त का मौका प अनेके नामी लोग मौजूद रहुवे जेहमें जगदीश शर्मा, असलम शेख, कुमार विकल, बृजेश त्रिपाठी, दिलीप सिन्हा, बबलू सिंह, प्रदीप सिंह, अनंजय रघुराज, हरीश जायसवाल, जीत चटर्जी शामिल रहले.


(समरजीत)

 475 total views,  6 views today

By Editor

%d bloggers like this: