बिरहा सम्राट विजय लाल यादव अब सिनेमा का परदा पर खुदे के किरदार निबाहत नजर अइहें. फिल्म के नाम हऽ भईया के ससुरारी में जवना के निर्माण रीना एस॰पासी कइले बाड़ी. विजय लाल यादव एह फिल्म में नायक बाड़े आ उनका साथे नायिका बाड़ी रानी चटर्जी आ पूनम सागर.

एकरा पहिले बिरहा गायक बुल्लू यादव भोजपुरी फिल्म सोनवा के पिंजरा में बिरहा गवले रहलें बाकिर नायक ना रहलें. अपना प्रयोगधर्मिता खातिर जानल जाये वाली निर्मात्री रीना एस पासी विजय लाल यादव के खुदे के भूमिका करे के आयडिया दिहली जवना के निर्देशक राजकुमार आर पांडे आ सह निर्माता मोती पासी ओ पसन्द कइलें. फिल्म में विजयलाल के एक्शनो सीन बा जवना के देख के दर्शक दंग रह जइहें.

एह फिल्म में एक्शन भरल मसाला का साथे साथ पारिवारिक माहौल बा आ एकर गाना हर केहू बार बार सुने के चाही. भईया के ससुरारी में जल्दिये रिलीज होखे वाला बा. एहमें विजय लाल यादव, रानी चटर्जी, पूनम सागर का साथे सुशील सिंह, गोपाल राय, एयाज खान, मोहन जोशी, बृजेश त्रिपाठी, आ अनिल यादव के भूमिका बा. बिरहा सम्राट पहिला बेर बतौर नायक आ रहल बाड़न.

रीना एस पासी के फिल्म मुन्ना बजरंगी पिछला बेर सफलता के कीर्तिमान बनवले रहे आ ओकरा बाद भोजपुरी में एक्शन फिल्मन के दौर शुरु हो गइल रहे.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा

Loading

One thought on “बिरहा गायक का भूमिका में बिरहा सम्राट”

Comments are closed.

%d bloggers like this: