YadavJeeकोसी गंगा फिल्म्स के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम “यादव जी” पिछला शुक का दिने बिहार के अनेके सिनेमाघरन में रिलीज हो गइल. आ ॡहिला बेर भइल कि कवनो हि्दी फिलिम उतार के कवनो सिनेमाघर में भोजपुरी फिलिम चलावल गइल.

अइसन वाकया भइल नौगछिया के सिनेमाघर में जहाँ एगो बड़का खान के चर्चित हिदी फिलिम के प्रदर्शन रोक के “यादव जी” देखावल गइल. दर्शकन के उत्साह के हाल इ रहल कि सौ किलो लड्डू के भोग लगा के दर्शक सिनेमाघर में घुसले.

निर्माता प्रजीत राज आ नरेन्द्र कुमार सिंह के एह फिलिम के दर्शक खूब पसंद कइले बाड़े. संजय श्रीवास्तव के निर्देशन में बनल इ फिलिम स्वस्थ मनोरंजन का साथही संदेशो देबे वाली बिया.

सहनिर्माता दिलीप आनंद, त्रिभुवन कुमार अउर चेतन परदेशी, ऑनलाईन निर्माता संजय कुमार, कथालेखक राकेश कुमार रंजन, पटकथा लेखक संजय श्रीवास्तव, संवाद लेखक शंकर सैदपुरी, गीतकार पंकज प्रियदर्शी, संगीतकार गणेश पाण्डेय, नृत्य निर्देशक संतोष कुमार, सिनेमैटोग्राफर प्रशांत वर्मा, मारधाड़ निर्देशक मंगल फौजी, कला निर्देशक शंकर अउर अशोक विश्वकर्मा आ संकलन करे वाला भारत पटेल.

मुख्य भूमिका में धर्मेश मिश्रा, फलक तनेजा, दिलीप आनंद, अर्पिता माली, बंटी देवगन, अमृता पाण्डेय, सी पी भट्ट, पूजा वर्मा, नरेंद्र गुलशन, चेतन परदेशी, नरेन्द्र सिंह, राजेश रंजू भाई, मंटू यादव, महेंद्र यादव अउर बालेश्वर सिंह बाड़े. आयटम डान्सर बाड़ी आयशा शेख आ मेहमान कलाकार बन के आइल बाड़न संजीव कुमार सिंह.


(रामचंद्र यादव)

 215 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: