ManojTiwari-awarded-at-Patnaपिछला दिने पटना में भइल बिहार भोजपुरी अकादमी के अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी महोत्सव में भोजपुरी भाषा के बढ़ावा देबे ला भोजपुरी मेगास्टार मनोज तिवारी के सम्मानित कइल गइल. मनोज तिवारी के सम्मान दिहलन बिहार के राज्यपाल डी.वाई. पाटिल जे एह कार्यक्रम के उद्घाटन कइलन.

एह अवसर पर इकइस लोग के सम्मानित कइल गइल जवना में विदेशो के भोजपुरिया लोग शामिल रहल. कार्यक्रम में शामिल होखे मॉरीशस, इंग्लैण्ड, ओमान, नेपाल, सिंगापुर आ आस्ट्रेलियो से प्रतिनिधि आइल रहलें.

एह समारोह में मनोज तिवारी जब आइल लोगन के ठेठ भोजपुरी में प्रणाम करत कहलन कि गोड़ लाग तानी त देश विदेश से आइल तमाम भोजपुरिया लोग ढेर देर ले ताली बजावल. एह कार्यक्रम में मनोज तिवारी मारीशस से आइल मशहूर गायिका होसिला देवी रिसोल संगे सांस्कृतिक संगम बहवलवें आ अपना मधुर कंठ से स्वर के गंगा बहा दिहलें. कहलन कि एह अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी महोत्सव से उनुका जइसन भोजपुरियन के जोड़ल वाकई उनुका लाग गर्व के बात बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: