बी॰ फ्रेन्डस इन्टरटेनमेंट के बैनर तले बने जात पहिला फिलिम प्रोडक्शन नं॰ – 1 के एलान पिछला दिने मुजफ्फरपुर के एगो होटल में प्रेस का सोझा कइल गइल.

फिलिम के कहानी उत्तर भारत के गँवई माहौल के रेघरियाई. पश्चिमी आ भारतीय संस्कृति के बीच के टकराव फिलिम के केन्द्र में बा. ई भोजपुरी फिलिम फूहड़ता का खिलाफ खाँटी पारिवारिक अंदाज में रही. देखेवाला लोग एह फिलिम में भोजपुरी संस्कृति के देखीहें. सम्बन्धन के बिखराव आ टूटत परिवार के अनोखा कहानी बावे एह फिलिम में. आज के मसाला फिलिमन का सोझा ई फिलिम स्वस्थ मनोरंजन परोसी. आ आवे वाला समु में एकरा के भोजपुरी सिनेमा में मील के पत्थर मानल जाई.

निर्मात्री हई बी॰ ठाकुर आ मल्लिकाए तरन्नुम. कथा पटकथा आ गीत डॉ॰ कुमार विरल के बा. कहानी लिखाइल शुरु हो गइल बा आ गीतन के रिकार्डिंग जल्दिए मुम्बई में शुरू होखी.

फिलिम ला कलाकारन के चुने के काम चलत बा. उमेद बा कि खेसारी लाल यादव, मोनालिसा, कुणाल सिंह, विजय खरे, सतीश साहनी, देवेन्द्र वगैरह रहीहें.

फिलिम के एलान करे का मौका प विजय खरे, कुमार विरल, देवेन्द्र, सतीश साहनी, भारती राज, स्वेता वर्मा आ प्रचारक कुन्दन राज मौजुद रहले.


(कुन्दन राज)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: