ManojTiwari-Bulletभोजपुरी मेगास्टार मनोज तिवारी बुलेट के बहुते दिवाना हउवन. भलही उनुका लगे एक से एक मंहग गाड़ी बाड़ी सँ बाकि मनोज तिवारी के जबहिओ मौका मिलेला बुलेट चलाव से ना रहसु. पिछला दिने एगो कार्यक्रम ला मनोज तिवारी बिहार गइल रहले. पाला पड़त जाड़ो में बुलेट देखि के मनोज तिवारी से ना रहाइल आ शुरू क दिहलन बुलेट चलावल आ बन गइलन भोजपुरिया दबंग.

मनोज तिवारी बतावेले कि जब काशी हिन्दु विश्वविद्यालय में पढ़त रहले त सपना रहे कि एक दिन उनुको लगे बुलेट होखी. केहु के बुलेट चलावग देखसु त खुशी होखे. खैर, मनोज तिवारी के बुलेट चलावत देख सभे कहत रहे जियऽ हो बिहार के लाला।

जानत चलीं कि प्रेस लीखल इ बुलेट उत्तर प्रदेश के एगो पत्रकार के रहुवे जे अपना बुलेटे से बिहार आइल रहले मनोज तिवारी के इंटरव्यू करे. बुलेट देखि के ललचाइल मनोज तिवारी शर्त रख दिहले कि पहिले बुलेट चलावे द ओकरा बादे इंटरव्यू देब. एह पर पत्रकार महोदय हँसेढ़ लगलन आ खुशी खुशी दे दिहलन आपन बुलेट मनोज के चलावे ला.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

 258 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: