BetaTempuDriverKeभोजपुरी फिलिम ‘‘बेटा टेम्पु ड्राईवर के’’ के शुटिंग वैशाली जिला के हाजीपुर, सराय, भगवानपुर आ राजगीर वगैरह जगहन पर लगातार कइल जा रहल बा.

एह फिलिम के नायक बाड़े नवोदित हिरो वैशाली जिले के पटेढ़ा गाँव के रहेवाला कुन्दन सिंह जिनकर ई पहिला फिलिम ह.

फिलिम के कहानी टेम्पु ड्राईवर के जिनिगी प बा जवना में देखावल गइल बा कि कइसे एगो टेम्पु ड्राईवर आपन मुकाम पावे ला हालात से लड़त अपना परिवार के आगा बढ़ावत बा. एह में तिकोनिया प्रेम कहानी बा. दू गो लड़िकी एके लड़िका से प्यार करत बाड़ी स. साथ ही साथ एहमें एक्शन, रोमांस आ कॉमेडी किंग राजेश गोस्वामी के जलवा बा.

फिल्म के निर्माता: नवल किशोर सिंह, निर्देशक आ कैमरा मैन मनोज यादव, संगीतकार मुकेश कुमार, कथा-पटकथा:लेखक रणधीर सिंह, आ कुन्दन सिंह, आ नृत्य निर्देशक:नवीन कुमार सिंह हउवें.

मुख्य कलाकार बाड़े कुन्दन सिंह, स्वीटी वर्मा, साक्षी, रूपा सिंह, धमेन्द्र सम्राट, राजेश गोस्वामी, तुलसी चक्रवर्ती, शंकर साह, रंधीर सिंह, शिवम, काजल, प्रियंका, आ विकास वगैरह.


(कुन्दन राज)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: