SenuraKeLaaliदर्जनो फिलिमन के निर्देशन कर चुकल ब्रज भूषण के अगिला फिलिम “सेनुरा के लाली” बनावे के एलान पिछला दिने कइल गइल. एह फिलिम ला मुख्य किरदारन के चुने के काम चलत बा.

ई पूरा से महिला प्रधान फ़िल्म होखी. कहानी कुछ अइसन बा कि बाप अपना बेटी के कोठा प बेच देता. ओकरा बाद बेटी अपना बाप ले चंगुल से कइसे छूटत बिया आ आपन बदला लेतीया. कहतीया कि नारी अपना असल रूप में आ जाव त उ पूरा दुनिया पलट सकेले.

निर्माता हउवें अनुराग पाण्डेय आ कहानी विपिन ओझा के लिखल ह. कुल ८ गो गाना रही जवना के रिकॉर्डिंग जल्दिए करावल जाई. शूटिंग अगिला साल फरबरी २०१४ में मुम्बई, बिहार आ गुजरात के जगहन प करावल जाई.


(संजय भूषण पटियाला)

 98 total views,  1 views today

By Editor

%d bloggers like this: