महुआ न्यूज पर “भौकाल का चौपाल” लगा के देश समाज के समस्या उजागर करे वाला निखिल राज के भौकाली अब बड़को परदा पर लउकी.
निखिल राज के फिलिम ‘देख के’ जल्दिए रिलीज होखे वाली बा. एह फिलिम में उ बिहार के दू गो बड़का मामिला एक साथ उजागर करीहें. अब मामिला कवन बा से त फिलिम देखला का बादे मालूम होखी बाकिर निखिल के दावा बा कि एह फिलिम से राजनीतिक भूचाल आवे वाला बा.
कहतारे कि फिलिम में राजनीतिज्ञन आ माफिया तत्वन के साँठ- गाँठ के असली सच्चाई देखे के मिली.
एह फिलिम में निखिल राज का साथे बाड़न एबीपी न्यूज पर “सनसनी” लेके आवे वाला श्रीवर्द्धन जिनकर धारावाहिक सनसनी दर्शकन में बहुते लोकप्रिय बावे.
(रंजन सिंन्हा)
311 total views, 2 views today