टी के ग्लोबल इंटरटेनमेंट आ मिराकल मूवी मैजिक दू गो भोजपुरी फिलिम बनावत बाड़ें. निर्मात्री किरन चौधरी आ निर्माता मनोज एम विश्वकर्मा के ज्वाइन्ट बैनर में एह फिलिमन के एलान भइल बा. दुनू के नाम अबहीं नइखे धराइल से एहनी के प्रोडक्शन नम्बर -1 आ प्रोडक्शन नम्बर – 2 से जानल जाई अबहीं.
प्रतिष्ठित साहित्यकार अजय “आनंद” विश्वकर्मा एह फिलिमन के लेखक हउवें. फिलिम के संवाद आ पटकथा सिनेप्रेमियन के बहुते पसंद आवे वाला बा. संगीतकार हउवें रंजीत सिंह.
कुछ कलाकारन के चुन लीहल गइल बा आ अउरी लोगन के चुने के काम चलत बा.एह फिलिमन के शूटिंग जल्दिए उत्तर प्रदेश के इलाहाबाद, बनारस, लखनऊ, मेरठ वगैरह जगहन प करावल जाई.
(रामचंद्र यादव)
229 total views, 2 views today