मितवा प्रोडक्शन का बैनर में बनत भोजपुरी फिलिम “भईल तोहरा से प्यार” के शूटिंग पिछला दिने मुंबई मे शुरू क दिहले विनय आनंद.
निर्देशन शाद कुमार करत बाड़े. एह फिलिम के फुल कॉमेडी आ एकंशन भरल पारिवारिक फिलिम बतावल जात बा.
निर्माता धर्मेन्द्रा मोर्य, गीतकार बबलू, संगीतकार पल कानपुरी, कोरियोग्राफर ज्ञान सिंह, आ डी ओ पी गौरव शाह हउवें.
मुख्य कलाकारन में विनय आनंद, गुंजन पंत, राजू दिनकर, सिमरन कौर, आ आनंद मोहन बाड़े.
(संजयभूषण पटियाला)
243 total views, 2 views today