dabang-at-ranchi
काल्हु अतवार का दिने धोनी के शहर राँची में भइल सेलिब्रिटी क्रिकेट लीग के मैच में भोजपुरी सितारन के टीम भोजपुरी दबंग चेन्नई रियोन्स के धो दिहलसि आ ओकरा के पचास रन से हरा दिहलसि.

रांची के अंतराष्ट्रीय क्रिकेट स्टेडियम में भइल एह मैच में टास जीत के चेन्नई रियांस फिल्डिंग करे के तय कइलसि. एकरा बाद बल्लेबाजी करे उतरल भोजपुरी दबंग के कप्तान मनोज तिवारी अपना पुरनके तेवर में नजर अइलें. बाकिर उनुका के चारे रन पर विक्रांत बी शिवा उनकर कैच लपकि लिहलें. अमूमन कप्तान के आउट भइला प टीम के मन टूट जाला बाकिर भोजपूरी दबंग आपन दबंगई देखावत रहलें.

प्रवेशलाल यादव एह मैच में कुल ६३ रन बनवलें आ चेन्नई रियोंस के विष्णू के गेंद प रन आउट हो गइले. एह बीसबीसा मैच में भोजपुरी दबंग शानदार १९० रन बनवलसि. एहमें आदित्य ओझा के बनावल शानदार ४१ रन शामिल बा. आदित्य के विशाल के गेंद प रमेश कैच ध लिहलें. उदय तिवारी १५ रन बनाके रन आउट हो गइलें. ए शर्मा शानदार पारी खेल के ४१ रन बनवले. उप कप्तान दिनेश लाल यादव निरहूआ १३ रन बना पवले. अकबर नकवी एके रन बना के नाट आउट रह गइले.

एकरा बाद बल्लेबाजी करे उतरल चेन्नई रियांस के पारी के शुरुआत मजगर भइल बाकिर ई बार तो लगा कि भोजपुरी दबंग पर यह टीम भारी पड़ने वाली है मगर बाद में चेन्नई रियोंस की पारी पुरी तरह लड़खड़ा गयी और जीत भोजपुरी दबंग के हो के रहल.


(शशिकांत सिहं, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: