Vaishnaviभोजपुरी सिनेमा के अभिनेत्री आ छपरा के मूल निवासी वैष्णवी भारत सरकार से माँग कइले बाड़ी कि भोजपुरी सिनेमा सेंसर करे के अधिकार बिहार प्रदेश के दीहल जाव.

वैषणवी के कहना बा कि बाकी इलाकाई भाषा के फिलिमन ला सेंसर बोर्ड संबंधित राज्य मे बनावल गइल बा जबकि भोजपुरी फिलिम के सेंसर अबहियों दिल्ली से कइल जात बा. चूंकि गैर भोजपुरी भाषी भोजपुरी भाषा ठीक से जान समुझ ना सकसु एहसे भोजपुरी फिलिमन में फूहड़ संवाद के रोकल नइखे जा पावत. कहली कि गैर भोजपुरी भाषा भोजपुरी भाषा आ संस्कार के हिफाजत ना कर सकसु.

केन्द्रीय सूचना प्रसारण मंत्री मनीष तिवारी के लिखल चिट्ठी मे वैष्णवी लिखले बाड़ी कि आजु का दिन में बिहार भोजपुरी फिलिमन के बड़हन बाजार बन के उभरल बा आ एहिजा के करोड़ो भोजपुरियन के इच्छा के सम्मान करत भोजपुरी फिलिमन ला सेंसेर बोर्ड बिहारे में बनावल जाव.


(वैष्णवी के ट्वीट से)

 393 total views,  2 views today

By Editor

2 thoughts on “भोजपुरी फिलिमन ला सेंसर बोर्ड बिहार मे बनावे के माँग कइली वैष्णवी”

Comments are closed.

%d bloggers like this: