भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन एक बार फेर साबित कर दिहले कि लोकप्रियता आ अभिनय का मामिला में उनकर केहू सानी नइखे. देश के एगो बड़हन मीडिया समूह दि संडे इन्डियन आ रिसर्च कंपनी आई.सी.एम.आर. दू महीना ले चलल एगो सर्वे का बाद रवि किशन के समीक्षकन आ बुद्धिजीवियन का नज़र में अव्वल नंबर पर रखले बा.

बियफे का दिने इंडिया न्यूज़ टीवी चैनल एह पूरा सर्वे पर रवि किशन का साथ दू घंटा के लाइव टेलेकास्ट कइलस जवना में भोजपुरी फिल्मन के वर्तमान, भविष्य का साथे साथ अश्लीलते पर चरचा कइल गइल. रवि किशन साफ कहलन कि उनका फिल्मन में अश्लीलता दोसरा लोगन का मुकाबिले हमेशा से कम रहत आइल बा. आ जब कबो रहबो करेला त ऊ कहानी का मांग आ दर्शकन के नज़रिया के ध्यान में राखत राखल जाले.

एही सर्वे का आधार पर रिंकू घोष के सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री के खिताब दिहल गइल. रवि किशन अभिनीत आ हैरी फ़र्नान्डिस निर्देशित फिल्म “भूमिपुत्र” के साल २००९ के सर्वश्रेष्ठ फिल्म आँकल गइल. उल्लेखनीय बा कि देश का कोना कोना से हजारन भोजपुरिया दर्शकन का राय का आधार पर एह सर्वे के पूरा कइल गइल. भोजपुरी फिल्म अवार्ड में लगातार पांच बार बेस्ट अभिनेता का पुरस्कार पा चुकल रवि किशन के अबले एकसौ से बेसी सम्मान आ पुरस्कार मिल चुकल बा.

लाइव टेलीकास्ट का दौरान रवि किशन वादा कइलन कि ऊ अपना प्रोडक्शन हॉउस से “पा” आ “ब्लेक” जइसन फिल्मन के निर्माण का बारे में सोचत बाड़े. इहो उम्मीद जतवलन कि महानायक अमिताभ बच्चन के ऊ एक बेर फेर से भोजपुरी फिल्म में ले अइहें. दि संडे इन्डियन के सम्पादक ओंकारेश्वर पाण्डेय एह सर्वे के सफल बनावे खातिर भोजपुरिया दर्शकन के आ अपना टीम के बधाई दिहलन आ कहलन कि सर्वे के विस्तृत रूप उनका पत्रिका के अगिला अंक में प्रकाशित कइल जाई.

दू घंटा के मेगा लाइव शो में रवि किशन एहू बात से इनकार कइलन कि ऊ भोजपुरी का तुलना में हिंदी फिल्मन का ओरि बेसी धेयान दे रहल बाड़न. रविकिशन कहलन कि दस साल में सौ से अधिका भोजपुरी फिल्मन में अभिनय खुदे देखावत बा कि ऊ भोजपुरी सिनेमा खातिर कतना समर्पित बाड़न. कहलन कि भोजपुरी से ऊ कबहियो गद्दारी ना करीहन काहे कि भोजपुरी उनका माँ बाबूजी के भाषा हऽ.


(स्रोत – उदय भगत)

Loading

%d bloggers like this: