AnkitaDubeyनपले बानी बित्ता भर ज़मीन, पूरा जहान अबही बाकी बा. जी हँ, उ कहना सटीक बइठत बा गोरखपुर के खूबसूरत बाला अंकिता दूबे प, जिनकर बचपन से सपना रहल अभिनेत्री बने के आ अब उ सपना पूरा हो गइल बा.

अंकिता दूबे स्कूले का दिन से हर फंक्शन, हर सांस्कृतिक कार्यक्रम में शामिल होखे के आ नृत्य अउर अभिनय प्रतियोगिता में शामिल होखे के आदत बना लिहले रही. फिलिम देख ओकर नकल उतारल उनकर शौक रहे. बाद में अपना मन के चाह आ लोग के बढ़ावा मिलल त सिनेमा के बड़का परदा पर उतरे के मन हो गइल. अब अंकिता दूबे अनेके भोजपुरी फिलिमन में बतौर अभिनेत्री नज़र आवे वाली बाड़ी.

जाने जोग इहो बा कि अंकिता दूबे एह घरी यूपी में पांच साल ला फ़ास्ट शाईन प्लस डिटर्जेन्ट के ब्राण्ड अम्बेसडर बाड़ी आ गोरखपुर मॉडलिंग प्रतियोगिता में पिछला साल 2012 में “मिस फ़ोटोजेनिक फेस” चुनाइल रही.

एगो सवाल के जवाब में अंकिता दूबे कहली कि उ चाहत बाड़ी कि उनकर एगो खास पहचान बने आ उ जवन करे ओकरा से उनका मम्मी-पापा के नाम ऊंच होखो.


(रामचंद्र यादव)

 131 total views,  1 views today

By Editor

%d bloggers like this: