भोजपुरी मेगा स्टार आ गायक मनोज तिवारी ‘मृदुल’ के देवी गीत वाला एलबमन के सभही तिकवे ला नवरात्रि पर. आजुओ उनकर देवी गीत ‘बाड़ी शेर पर सवार रुपवा मनवा मोहऽता’ आ ‘ए हिरना समझ समझ वन चरना’ अउर ‘मईया जी माफ करीं’ लोग बहुते भक्ति भाव से सुनेला.
अबकी का नवरात्रि पर मनोज तिवारी के देवी गीत के नया एलबम ‘‘सबकी दुलारी मां महरनियां’’ आइल बा. बतावल जात बा कि ई एलबम उनुका पिछलका एलबमन से बहुते अलग बा. एहमें मनोज तिवारी के मधुर स्वर के अलावा बिहार के चर्चित गायिका सुरभि कुमारीओ के आवाज लोग के सुने के मिली. गीत खुद मनोज तिवारी आ प्रमोद पांडे, प्रभुनाथ दाढ़ी, अउर विकास सिंह के लिखल बा आ संगीतकार हउवें राजेश गुप्ता. एह अलबम के निर्देशक हउवें वीडियो डायरेक्टर समर मुखर्जी.
अबकी का नवरात्रि पर मनोज तिवारी के ई अलबम टी सीरीज जारी करत बा. अपना एह नया एलबम के लेके मनोज तिवारी बहुते उछाह में बाड़ें. लोग एह अलबम के बार-बार सुनल चहीहें. मनोज तिवारी के ई नयका अलबम ‘‘सबकी दुलारी मां महरनियां’’ सगरी संगीत दूकान पर मौजूद बा.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
282 total views, 4 views today