Kunal Singh honoredभोजपुरी महानायक कुणाल सिंह के पिछला दिने फिल्मोद्योग में उल्लेखनीय योगदान खातिर दकखिन के मशहूर संतोषम अवार्ड से सम्मानित कइल गइल. उनका के ई पुरस्कार हिन्दी आ दक्खिन भारतीय फिलिमन के मशहूर निर्माता आ पूर्व केन्द्रीय मंत्री बाबू दसरी नारायण राव के हाथों हैदराबाद में आयोजित एगो भव्य समारोह में दीहल गइल.
ई पहिला मौका रहल जब कवनो भोजपुरी कलाकार के सम्मान दक्खिन भारत में भइल. कुणाल सिंह एह सम्मान से गदगद बाड़न.


(प्रशांत निशांत)

 184 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: