भोजपुरी टीवी चैनल महुआ टीवी आपन इतिहास दोहरावे जा रहल बा. “सुर संग्राम” आ “डांस संग्राम” के मिलल अपार सफलता आ ओह रियलिटी शोअन से मिलल कलाकारन के आज सभे जाने लागल बा. एही कड़ी में अबकी महुआ माटी से जुड़ल कलाकारन के तलाश में निकलल बा जवना लोग के अभिनय के दुनिया में उतारल जाई.

महुआ टीवी अपना एह खोज के नाम दिहले बा ” कलाकार खोज अभियान”. महुआ के प्रोग्रामिंग हेड कमलेश कुंती सिंह, जे हिन्दी सीरियल लेखन में एगो बड़हन नाम हउवें, के कहना बा कि बिहार आ यूपी में अबिनय प्रतिभा भरल पड़ल बा. अब ओह कलाकारन खातिर ई एगो बड़हन मौका बा जब किस्मत खुद ओह लोग के
दरवाजा खटखटाये के फैसला कइले बा. जरुरत बा कि लोग बढ़ चढ़ के एह कार्यक्रम में हिस्सा लेबे आ आपन प्रतिभा के निखरे आ सामने आवे के मौका देव.

कलाकारन के खोज के एह आडिशन में हर उम्र के कलाकार शामिल हो सकेलें. आडिशन के जज रहीहें कमलेश कुंती सिंह, कार्यकारी निर्मात्री विनिता उपाध्याय, आ चैनल के वरिष्ठ अधिकारी पंकज तिवारी. आडिशन खातिर प्रतिभागियन के निबन्धन सबेरही से शुरु कर दिहल जाई. नामाकंन का समय आपन दू गो पासपोर्ट फोटोग्राफ आ परिचय प्रमाण पत्र ले आवल जरुरी होखी.

आडिशन के काम पहली अप्रेल के लखनऊ के विधानसभा मार्ग पर चरण होटल में, ३ अप्रेल के गोरखपुर के जटाशंकर चौराहा पर विजय बैंक्वेट हॉल में, ५ अप्रेल के इलाहाबाद के १२४ ए, एम जी मार्ग स्थित होटल साकेत में, ६ आ ७ अप्रेल के बनारस के रामकटोरा में हैप्पी मॉडल स्कूल में, ८ आ ९ अप्रेल के पटना के फ्रेजर रोड पर सूर्या अपार्टमेंट के विश्व संवाद केन्द्र में, १० अप्रेल के राँची के पुरुलिया रोड पर सत्य भारती में आ आखिरी आडिशन ११ अप्रेल के जमशेदपुर के कल्याण निकेतन में लिहल जाई.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

 142 total views,  2 views today

12 thoughts on “महुआ निकलल कलाकारन का तलाश में”
  1. भोजपुरी सिरियल फिल्म में काम करे के इक्छुक बानी. ये फिल्ड में दुर दुर तक कौनो रिश्ता नाता नईखे. कवनो अनुभव भी नईखे लेकिन काम जबर्दस्त कर सकेनी, अगर चान्स मिलि तब.
    कृपया विस्तार से आपन नियम व शर्त बताइं.

Comments are closed.

%d bloggers like this: