Adalat-poster
भोजपुरी सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ आ मशहूर निर्देशक रवि सिन्हा के बहुचर्चित फिलिम “अदालत” के जादू मुंबई में खूब चलल. लागल कि देखेवालन के समुद्र उमड़ पड़ल बा.

एकर निर्माण रेखा सिंन्हा, हरीश (बाबू), श्रवण अग्रवाल अउर भरत बी जैन कइले बाड़न. निर्देशित कइलन रवि सिन्हा जे एकर कहानिओ लिखले बाड़न. संवाद राजेश पांडे के लिखल ह आ पटकथा रवि सिन्हा आ राजेश पांडे मिल के तइयार कइले बाड़न.

कलाकारन में दिनेश लाल यादव निरहुआ, मोनालिसा, अवधेश मिश्रा, अयाज खान, उमेश सिंह, विनोद मिश्रा, मेहनाज श्राफ, नवोदित कलाकार कोमल ठक्कर, शुरी सक्सेना आ स्मिता पांडे शामिल बा लोग. एहमें डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के आयटमो देखेवालन के दिल जीतत बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

 320 total views,  4 views today

By Editor

%d bloggers like this: