MunujiFIlmsपिछला दिने मुनुजी फिल्म्स अपना दू गो फिलिमन के मुहुर्त उदित नारायण के रेकार्डिंग स्टूडियो में कइलसि. अबहीं एह फिलिमन के नाम नइखे तय आ प्रोडक्शन नं.1 आ प्रोडक्शन नं. 2 से जानल जात बा.

मुहुर्त का मौका प निर्माता सुरेश कुमार बतवले कि दुनु फिलिम पारिवारिक माहौल पर बनी. निर्देशक रहीहें संजय सिन्हा. संगीतकार अमन श्लोक का निर्देशन में आ उदित नारायण के आवाज़ में मुहूर्त गीत रिकार्ड भइल. दुनु फिलिमन मे आउ आठ गो गाना रही जवना में तीन गो आइटम सांग रहीहें सँ.

फिलिम के लेखक जीतेन्द्र सुमन, आ छायाकार सानू सिन्हा हउवे.

कलाकारन के नाम फाइनल करे के काम चलत बा. दुनु फिलिम जल्दिए सेट प जइहें सँ.

मुहुर्त का मौका प धीरज चौरसिया, सुधीर संकल्प, राम सुजान सिंह, गिरीश शर्मा, प्रवीन धमनस्कर, माइकल, रानी, बसंत जी, संतोष कुमार, जीत कुमार, निशांत रंजन एवं पूनम तिवारी वगैरह मौजूद रहले.


(समरजीत)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: