बिहार में सफलता के जश्न मनवला का बाद निर्माता कांतिलाल पी मारू आ निर्देशक दिनेश यादव के फिलिम “कसम वर्दी की” मुंबईओ में सफलता के डंका पीट दिहलसि. सगरी सिनेमाघर मे इ फिलिम हाउसफुल के बोर्ड टँगवा दिहलसि. मुंबई के मयूर सिनेमा घर में पहुच के एह फिलिम के सितारा लोग दर्शकन के मनोरंजनो कइल. दर्शकन से बतियावत सितारन के कहना रहे कि नीक लागे त दुबारा अपना पूरा परिवार संगे जरूर देखे आईं.

बैनर ह क्लासिक फिल्म्स के, गीतकार आ संगीतकार हउवन प्यारेलाल यादव, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी, मारधाड़ निर्देशक मास्टर दिलीप यादव, लेखक लालजी यादव, संपादक गुर्जर सिंह आ मुख्य कलाकार हउवें विराज भट्ट, मोनालिसा, मदन मोहन, प्रिया शर्मा, संजय पांडे, अवधेश मिश्रा. अयाज खान आ तीन गो आयटम डांसर सीमा सिंह, संभावना सेठ, आ ग्लोरी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

 328 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: