भोजपुरी सिनेमा के गरम लिट्टी कहात नायिका मोनालिसा के ‘संईया तूफानी’ बन गइल बाड़न विक्रांत सिंह. एह फिलिम में विक्रांत मोनालिसा खातिर कवनो तूफान से टकराए ला तइयार बाड़े.
‘संईयां तूफानी’ फिलिम में मोनालिसा ममता रानी नाम के डांसर का भूमिका में बाड़ी आ विक्रांत इनकर सईंया तूफानी का भूमिका में. निर्देशक हउवें अजय झा.
एह फिलिम के पहिला झलक देखे वाला सभे एकर तारीफ करत नइखे अघात. मोनालिसा आ विक्रांत दुनु जने एह फिलिम ले के बहुते उत्साहित बाड़े.
(प्रशांत निशांत)
190 total views, 2 views today