भोजपुरी सिनेमा के हॉट गर्ल मोनालिसा सुपरहिट निर्माता-निर्देशक राजकुमार पाण्डेय के अगिला फिलिम ‘देवरा भईल दीवाना’ मे एगो स्पेशल सांग में लउकीहे. एहमे मोनालिसा नवोदित स्टार प्रदीप पाण्डेय ‘चिंटू’ संगे ठुमका लगवले बाड़ी. एह गाना के मुखड़ा बा ‘ई मोतिहारी जिला’.
बकौल मोनालिसा इ गाना क के बहुते मजा आइल उनुका. कहली कि जब इ गाना करे के प्रस्ताव दिहले राजकुमार जी त नकार ना पवली.
साईंदीप फिल्म्स के बैनर मे बनत एह फिलिम मे मनोज तिवारी, पाखी हेगड़े, काजल राघानी के प्रमुख भूमिका बा.
(प्रशांत निशांत)
329 total views, 2 views today