भोजपुरी सिनेमा संगीत के क्षेत्र में व्यवसाय के नया आयाम देबे वाली म्यूजिक कम्पनी आर्या म्यूजिक ( ए यूनिट ऑफ़ सासपीओ ग्रुप) पिछला दिने कोसी गंगा फिल्म्स के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम “यादव जी” के पहिला झलक जारी कइलसि. इ फिलिम स्वस्थ मनोरंजन का साथ ही संदेशो भरल बा.
निर्माता प्रजीत राज आ नरेन्द्र कुमार सिंह, निर्देशक संजय श्रीवास्तव, सहनिर्माता दिलीप आनंद, त्रिभुवन कुमार आ चेतन परदेशी, ऑनलाईन निर्माता संजय कुमार (पॉलीवुड सिनेमा), कथाकार राकेश कुमार रंजन, पटकथा लेखक संजय श्रीवास्तव, संवाद लेखक शंकर सैदपुरी, गीतकार पंकज प्रियदर्शी, संगीतकार गणेश पाण्डेय, नृत्य निर्देशक संतोष कुमार, सिनेमैटोग्राफर प्रशांत वर्मा, मारधाड़ निर्देशक मंगल फौजी, कला निर्देशक शंकर अउर अशोक विश्वकर्मा आ संकलन करे वाला भारत पटेल.
मुख्य भूमिकन में धर्मेश मिश्रा, फलक तनेजा, दिलीप आनंद, अर्पिता माली, बंटी देवगन, अमृता पाण्डेय, सी पी भट्ट, पूजा वर्मा, नरेंद्र गुलशन, चेतन परदेशी, नरेन्द्र सिंह, राजेश रंजू भाई, मंटू यादव, महेंद्र यादव आ बालेश्वर सिंह बाड़े. आईटम डान्सर बाड़ी आयशा शेख आ मेहमान कलाकार बन के आइल बाड़न संजीव कुमार सिंह.
(रामचंद्र यादव)
162 total views, 2 views today