भोजपुरी सुपरस्टार रवि किशन के हाल ही में रिलीज़ भइल फिलिम ‘लागल सनेहिया के डोर’ मुंबई, गुजरात, बिहार आ झारखण्ड में सुपरहिट रहल.
समृद्धि फिल्म्स के बैनर तर बनल ई फिलिम ‘लागल सहेनिया के डोर’ पिछला ९ मई के मुंबई, गुजरात, बिहार आ झारखण्ड के सिनेमाघरन में रिलीज़ भइल. एहमें सुपरस्टार रवि किशन संगे मोनलिसा नायिका बाड़ी. साथे बाड़े अवधेश मिश्रा, सीमा सिंह, साहिबा आ कुनाल सिंह.
हालही में भइल चुनाव का गहमागहमी का बीच, जब रविकिशन जौनपुर से कांग्रेस का टिकट पर चुनाव लड़त रहले, रिलीज एह फिलिम के सफलता से गदगद बाड़े.
(संजय भूषण पटियाला)
662 total views, 6 views today