भोजपुरी फिल्मन के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन लगातार पांचवा हालि भोजपुरी सिनेमा के सर्वश्रेष्ट अभिनेता के खिताब जीतले बाड़े. सर्वश्रेष्ट अभिनेत्री के खिताब पाखी हेगड़े के मिलल बा. सर्वश्रेष्ट फिल्म के खिताब अभय सिन्हा – अजय सिन्हा के फिल्म परिवार के मिलल त एही फिल्म के निर्देशक असलम शेख के लगातार दूसरा बेर सर्वश्रेष्ट निर्देशक के अवार्ड दिहल गइल. अपना जमाना के प्रख्यात अभिनेत्री जयश्री टी के विश्वनाथ प्रसाद शाहाबादी लाइफ टाईम अचीवमेंट अवार्ड से आ भोजपुरी फिल्मन के बड़हन प्रस्तुतकर्ता दुर्गा प्रसाद मजुमदार के भगवती प्रसाद पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल. ओहिजे अवधेश मिश्रा के खलनायकी में सिरमौर मानल गइल.

बुध का राति मुंबई के गोरेगांव स्पोर्ट्स क्लब में विनोद गुप्ता द्वारा आयोजित एगो भव्य समारोह में रंगारंग कार्यक्रम का बीच अठाइस श्रेणियन में अवार्ड दिहल गइल. म्यूजिक केटेगरी में सगरी अवार्ड निर्माता निर्देशक आर.एस.दुबे के फिल्म उमरिया कईली तोहरे नाम के मिलल. सर्वश्रेष्ठ गायिका के अवार्ड स्वर कोकिला लता मंगेशकर के, आ संगीतकार के अवार्ड राम लक्षमण के दिहल गइल. सर्वश्रेष्ठ गीतकार के अवार्ड विनय बिहारी के मिलल. एही फिल्म खातिर नवोदित अभिनेता के पुरस्कार आशीष गुप्ता के मिलल. सर्वश्रेष्ट गायक के अवार्ड उदित नारायण के मिलल.

नवोदित अभिनेत्री के अवार्ड चलनी के चालल दूल्हा खातिर शुभी शर्मा के मिलल. पांचवा भोजपुरी फिल्म अवार्ड में रवि किशन आ निरहुआ के फिल्मने के वर्चस्व रहल. रविकिशन के निर्देशक हैरी फ़र्नान्डिस के फिल्म भूमिपुत्र खातिर सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के, मुश्ताक खान के बेस्ट कोमेडियन के अउर हैरी के सर्वश्रेष्ठ संवाद लेखक के पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल. सीमा सिंह के सर्वश्रेष्ठ आइटम गर्ल के खिताब मिलल.

अवार्ड मिलला का बाद आपन प्रतिक्रिया व्यक्त करत रविकिशन कहले कि जब पहिला अवार्ड समारोह भइल रहे तब भोजपुरी फिल्म अपना शुरुआती दौर से गुजरत रहुवे. आजु पांचवा अवार्ड जब दिहल जा रहल बा त भोजपुरी सिनेमा कान फिल्म फेस्टिवल तक पहुँच गइल बा.


(स्रोत : उदय भगत)

 422 total views,  4 views today

3 thoughts on “रवि किशन सर्वश्रेष्ठ अभिनेता, पाखी सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री”

Comments are closed.

%d bloggers like this: