RakhiSavant-danceआईटम क्वीन राखी सावंत अब भोजपुरी परदो पर धमाल मचा दिहले बाड़ी. राखी सावंत आ निर्माता राहुल कपुर मिल के एगो भोजपुरी फिलिम “कट्टा तनल दुपट्टा पर” बनवले बा लोग. एह फिलिम में भोजपुरी सिनेमा के दू गो सुपरस्टार्स रवि किशन आ पवन सिंह बाड़ें आ प्रमुख नायिका बाड़ी शुभी शर्मा. निर्देशन कइले बाड़न एम.आई. राज.

अब राखी फिलिम बनावसु आ ओहमें उनकर ठुमका ना होखे से कइसे हो सकेला. एह फिलिम में राखी सावंत एगो गाना पर रविकिशन संगे ठुमको लगावत नजर आवत बाड़ी.

एह फिलिम के प्रदर्शन 21 फरवरी से बिहार-झारखंड में शुरू हो गइल बा.


(प्रशांत निशांत)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: