भोजपुरी सिनेमा के नं० 1 नायिका रानी चटर्जी के पिछला दिने भइल “भोजपुरी अवार्डस 2013” में साल के सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री के पुरस्कार से नवाजल गइल.
रानी चटर्जी के पुरस्कार फिलिम ‘नागिन‘ में उनका बेहतरीन अभिनय बदे दिहल गइल. पुरस्कार दिआइल भोजपुरी सिनेमा के महानायक कुणाल सिंह का हाथे,
सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री के पुरस्कार पा के रानी बहुते खुश बाड़ी आ कहतारी कि पुरस्कार मिलला से अउरी नीमन काम करे के प्रेरणा मिली. एह सम्मान ला अपना सगरी प्रशंसकन आ भोजपुरी सिनेमा इंडस्ट्री के सगरी लोग के दिल से धन्यवाद देत रानी चटर्जी राजकुमार पाण्डेय के खास तौर पर चरचा कइली. कहली कि उनका मिलल अवार्ड प सभकर हक बा.
(प्रशांत निशांत)
(२८ दिसंबर १३)
174 total views, 1 views today