RaniChatterjeeभोजपुरी सिनेमा के रानी रानी चटर्जी ला साल 2013 बहुते सौभाग्यशाली रहल. एह साल रानी के सगरी फिलिम बॉक्स ऑफिस पर शानदार बिजनेस कइली स.

एह साल रानी के पहिलका फिलिम रहल रविकिशन संगे के ‘साली बड़ी सतावेली’ आ बेहद सफल रहल. होली पर आइल ‘गंगा जमुना सरस्वती’, आ मई में आइल ‘शेरनी’ बॉक्स ऑफिस पर शानदार बिजनेस बटोरली स. फेर 14 जून के आइल उनकर फिलिम ‘प्रेम दीवानी’ ओ बॉक्स ऑफिस पर शानदार सफलता पवलसि आ बड़हन हिट साबित भइल. एहमें रानी के नायक रहले राकेश मिश्रा.

एह फिलिम में राकेश मिश्रो के लोग खूब पसंद कइल आ बिहार के कई सिनेमाघर में फिलिम 50 दिन पूरा कइलसि.

एह साल जवन अउरीओ फिलिम अइली स रानी के ओहनी में रानी नं० 786, दम होई जेकरा में उहे गाड़ी खुटा आ इंस्पेक्टर चाँदनी ओ के दर्शकों खुब पसंद कइले.


(प्रशांत निशांत)
(२२ दिसंबर १३)

 330 total views,  4 views today

By Editor

%d bloggers like this: