RinkuGhoshभोजपुरी सिनेमा के अव्वल नायिका रिंकू घोष एह घरी निर्देशक राजकुमार पांडे के फिलिम “खून भरी मांग” के शूटिंग में अझुराइल बाड़ी.

पिछला दिने एही फिलिम ला एगो खतरनाक स्टंट क दिहली रिंकू घोष जवना में उनुका गड़ाँसा ले के सौ फीट नीचे कूद के दुश्मनन के नाश करे के रहे. बतावल जात बा कि स्टंट निर्देशक सलाह दिहले कि डु्प्लीकेट से इ सीन करवा लिहल जाव बाकि रिंकू ना मनली आ कहली कि सीन उ खुदे करीहें.

रिंकू घोष के लगन आ मेहनत देख खुद राजकुमार पांडे के कहना बा कि रिंकू घोष हीरा हई, हीरा. उनुका साथे काम करे के मतलब बा कि रउरा निश्चिंत रह सकीलें.

इहो जाने जोग बा कि रिंकू घोष अनेको बेर बेस्ट एक्ट्रेस अवार्ड पा चुकल बाड़ी आ छोटखो परदा प आपन जलवा देखा चुकल बाड़ी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

 309 total views,  4 views today

By Editor

%d bloggers like this: