RinkuGhosh
सात सहेलिया, जीना तेरी गली में आ दुश्मनी का बाद मशहूर भोजपुरी फिलिम निर्देशक राजकुमार पाण्डेय अपना अगिला फिलिम “खून भरी माँग” में भोजपुरी के मशहूर अदाकारा रिंकू घोष के लिहले बाड़े.

प्रदीप भईया के एह फिलिम में खेसारीलाल यादव नायक बाड़े आ फिलिम के शूटींग गुजरात के राजपीपला में हो रहल बा. फिलिम में दु गो नायिका अउरी बाड़ी पाखी हेगडे आ मोनालिसा. भोजपुरी सिनेमा के अव्वल खलनायक संजय पाण्डेय त बड़ले बाड़न. फिलिम फगुआ बेरा रिलीज करे के योजना बा.

एह बात के जानकारी देत रिंकू घोष कहली कि राज कुमार पाण्डेय उनकर पसंदीदा निर्देशकन में से हउवें आ उनका साथे चउथा बेर काम करे जात बाड़ी एह फिलिम में.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: