भोजपुरी फिलिमन के गरम लिट्टी कहाए वाली रिंकू घोष सफलतो के दोसर नाम हई.
पिछला दिने ई बात एक बेर फेरू सही साबित हो गइल जब “ई कइसन प्रथा” फिलिम में उनुका काम के सगरो प्रशंसा मिलल. जब जब उनकर सीन परदा प आवे त दर्शक कहसु कि नायिका होखे त रिंकू जस.
एह फिलिम के निर्देशक निहाल सिंह रिंकू के तारीफ में कहले कि रिंकू अपना निर्देशकन के बहुते इज्जत देली आ निर्देशक उनुका से बहुते आराम से सीन करा लेलें. कहलन कि रिंकू घोष के निर्देशित कइल वाकई खुशी के बात हवे.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
690 total views, 5 views today