श्रेयस फिल्म्स के बैनर में बनल निर्माता प्रेम राय के ‘जानेमन’ अब रिलीज ला तइयार बा. बकौल प्रेमराय ‘जानेमन’ कंपलिट लव एक्शन फिलिम ह जे दर्शकन के खूब पसंद आई.
एह फिलिम में सुपरस्टार खेसारीलाल यादव आ विराज भट्ट के जोड़ी देखे के मिली. निर्देशन अरविंद चौबे के बा.
पुर्नजन्म पर आधारित कहानी वाला फिलिम में खेसारी लाल यादव आ विराज भट्ट संगे काजल राघवानी, प्रियंका पंडित, शिखा मिश्रा, संजय पाण्डे आ रानी चटर्जी के प्रमुख भूमिका बा.
फिलिम मे खेसारी आ विराज के टक्कर देखे जोग बा. गाना अबहियें से लोग के जुबान पर आ गइल बा. संगीतकार घुंघरू हउवन.
(प्रशान्त-निशान्त)
627 total views, 2 views today