एह घरी पूरा लखनऊ भोजपुरी सिनेमा के नंबर वन नायिका रिंकू घोष के दिवाना बनल बा. पिछला दिने भइल भोजपुरी फिल्म अवार्ड समारोह में रिंकू घोष के डांस पर पूरा लखनउ झूम गइल.
रिंकू कहली कि मालूम ना रहे कि विनोद गुप्ता के एह अवार्ड समारोह में हतना लोग चहुँपी देखे खातिर. आ जब डांस शुरू भइल त सभे कहे लागल एगो अउर एगो अउर.
दर्शकन के माँग प रिंकू घोष के एगो अउर डांस राखे पड़ल.
आयोजन में बस एके आवाज सुनाई देत रहे रिंकू रिंकू ओनली रिंकू!
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
(२१ दिसंबर १३)
159 total views, 1 views today