भोजपुरी में जबर्दस्त एक्शन ला नाँव बना लिहले विक्रांत सिंह के नयका अंदाज़ जल्दिए देखे के मिले वाला बा उनका एह साल के पहिलका फिलिम “सैयां तूफानी में”.
पिछला दिने एह फिलिम के पहिला झलक रिलीज भइल त इंडस्ट्री के तमाम दिग्गज एकरा लुक के सरहले.
उमेश देसाई के बनावल एह फिलिम के निर्देशक हउवे अजय झा. फिलिम में विक्रांत के नायिका बाड़ी हॉट गर्ल मोनालिसा. खाली “सैयां तूफानी” ए ना एह साल विक्रांत के एगो दूगो ना कुल पाँच गो फिलिम रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ अगिला कुछेक महीना में. एह फिलिमन में खून का बदला खून से, गुलाम वगैरह खास बाड़ी सँ.
सैयां तूफानी में विक्रांत के अनेके खतरनाक स्टंट बा जवना के उ बिना कवनो डुप्लीकेट के सहारा लिहले कइले बाड़न. विक्रांत कहेलें कि बचपने से उनुका खेले कुदे के शौक रहल जवना के फायदा फिलिमन में त मिलते बा सेलिब्रेटी क्रिकेट लीगो में मिलल. जान जाईं जे सेलिब्रेटी क्रिकेट लीग में भोजपुरी सितारन के टीम भोजपुरी दबंग के सबले तेज गेंदबाज़ बन के उभरल बाड़न विक्रांत. उनुका गेंदबाजी के खौफ समा गइल बा विरोधी टीमन में. विक्रांत कहेले कि अभिनय आ खेल अलग अलग होखला का बावजूद दुनू में एकाग्र होखे के जरूरत पड़ेला.
शायद एही चलते एह घरी विक्रांत के तेवर भोजपुरी फ़िल्मजगत के कपारे चढ़ के बोलत बा.
(रंजन सिन्हा)
325 total views, 2 views today