ज्योतिगिरी फिल्म्स एंड टी वी हॉउस के परोसल भोजपुरी फ़िलिम “ममता के क़र्ज़” बिहार के सिनेमाघरन में शानदार प्रदर्शन करत शुक (20 दिसंबर) का दिने रिलीज भइल.
ही-मैन के खिताब पा चुकल अभिनेता विक्रान्त आनन्द के एह फिलिम के किरदार के बहुते पसंद करत बाड़े दर्शक. गोद लेबे वाली महतारी आ अनाथ बेटा के करेजा छू लेबे वाली कहानी हवे “ममता का क़र्ज़”.
निर्माता ईश्वर गिरी, निर्देशक गुलाम हुसैन, सह निर्माता विकास गिरी आ सतेन्द्र सिंह, कथाकार चन्दन चौधरी, पटकथा आ संवाद लेखक अविनाश सरोज, संगीतकार ओंकार, गीतकार चन्दन चौधरी आ संतोष भटनागर, छायाकार सुनील सिंह, अउर मारधाड़ मास्टर हवे हीरालाल यादव.
मुख्य भूमिकन में विक्रान्त आनन्द, ख़ुशी शाह, विकास गिरी, राकेश, प्रीति, प्रियंका, संजू सोलंकी अउर दीपक भाटिया बाड़ें.
(रामचंद्र यादव)
(२० दिसंबर १३)