VikrantAnand27 जून के बिहार में रिलीज होखे जात भोजपुरी फिलिम ‘विजय तिलक’ में नायक के भूमिका में बाड़न विक्रांत आनन्द. उनकर किरदार नौकरी के तलाश में आपन राज्य छोड़ दोसरा राज्य चहुॅपल एगो बिहारी नवही के बा.

प्रभु श्री बैनर में बनल आ अभय सिन्हा के पेश कइल फिलिम ‘विजय तिलक‘ के निर्देशन सनोज मिश्रा कइले बाड़न.

अपना भूमिका का बारे में विक्रांत के कहना बा कि ‘एह फिलिम में हमरा किरदार के अनेके कठिनाइयन के सामना करे के पड़त बा बाकिर उ ओह सभ के पार करत आपन मंजिल ले चहुॅपिए जात बा. एह फिलिम मेश दर्शकन के बहुत कुछ नया देखे के मिली. अपना किरदार से हम बहुत खुश बानी आ निर्देशक सनोज मिश्रा समेत सगरी साथी कलाकारन संगे काम क के बढ़िया महसूस भइल.’


(संजयभूषण पटियाला)

 278 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: