AlokKumar-with-Rinku-and-Viraj
भोजपुरी एक्शन स्टार विराज भट्ट आ नंबर वन अदाकारा रिंकू घोष के नईकी फिलिम ‘हथियार’ के शूटिंग पूरा होखते फिलिम के चरचा गरमा गइल बा. सगरी निर्माता निर्देशक आ वितरक एह बारे में अधिका से अधिका जाने ला बेचैन हो गइल बाड़े.

मशहूर निर्देशक जगदीश शर्मा के एह फिलिम के डबिंग पिछला दिने मुंबई के अंधेरी का एगो सेंटर प होखत रहे तबहिए अचानके भोजपुरी फिलिमन के जानल मानल निर्माता आलोक कुमार आ गइले आ विराज भट्ट अउर रिंकू घोष पर फिलिमावल गाना ‘तोहार वरदी बनल बा हमार सौतनिया’ देखलन. देखला का बाद आलोक कुमार एह गाना आ विराज भट्ट अउर रिंकू घोष के बहुते सरहलन आ दुनू जने के बधाई दिहलन. कहलन कि एह गाना से फिलिम देखे ला बेचैनी बन गइल बा.

निर्देशक जगदीश शर्मा खुदे आलोक कुमार के स्वागत कइलन.


(शशिकांत सिंह)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: